पद्मावत के साथे एगो भोजपरी सिनेमा के भी हो रहल बा विरोध

0
1684
Want create site? Find Free WordPress Themes and plugins.

बिहार के मुजफ्फरपुर में एक ओर जहवां संजय लिला भंसाली के फिल्म “पद्मावत” के विरोध हो रहल बा उहवें दुसर ओर बिग बास फेम मोनालिसा अउर विक्रांत सिंह राजपूत स्टारर भोजपूरी फिल्म “पाकिस्तान में जय श्री राम” के पोस्टर फारल जा रहल बा।

बतावल जा रहल बा की मुम्बई अउर गुजरात में सुपरहिट रहल इ फिल्म 26 जनवरी के दिने बिहार में भी रिलीज़ हो गईल बा। दरसल एह फिल्म के कहानी तीन तलाक, गौ हत्या अउर लव जिहाद जइसन मुद्दा के छू रहल बा। जेकरा चलते लोगन में खासा नाराजगी देखे के मिलता। बाकी  कवनो व्यक्ति या संगठन के तरफ से अभीले एह फिल्म के विरोध नइखे भइल।

फिल्म के प्रोड्यूसर भूपेंद्र विजय सिंह कहलें कि विरोध करे के हक सबके बा। बाकि, बिना फिल्म देखले पोस्टर फारल शर्मनाक बा।प्रोड्यूसर के इहो कहनाम बा कि एह फिल्म के एगो खास सीन में पाकिस्तान में आपन देश के झंडा देख के गर्व होखता।

आमतौर पर भोजपुरी फिल्म में प्रेम कहानी देखावल जाला बाकी इ फिल्म में समाज में हो रहल अत्याचार के देखावल गईल बा।

Did you find apk for android? You can find new Free Android Games and apps.

LEAVE A REPLY

Please enter your comment!
Please enter your name here