भोजपुरी के मशहुर एक्ट्रेस के भईल एक्सीडेंट

0
490
Want create site? Find Free WordPress Themes and plugins.

भोजपुरी फिल्म के क्वीन रानी चटर्जी के फैन खातिर दुःख के खबर बा। खबर आ रहल बा की कि रानी चटर्जी के कार के एक्सीडेंट हो गईल बा।

रानी चटर्जी
रानी चटर्जी

मुंबई के गोरेगावं इलाका में हाइवे पर रानी के कार दूसरा कार से टकरा गईल। हालांकि रानी खतरा से बाहर बाड़ी। रानी के हाथ आउर पैर में चोट आईल बा। जेकरा वजह से रानी के अस्पताल में भर्ती करावल गईल बा।एह बात के जानकारी अभिनेत्री के भाई समीर भी अपना फेसबुक अकाउंट पर पोस्ट के माध्यम से देले बाड़े।

 

खबर आईल बा कि रानी चटर्जी भोजपुरी के सुपरस्टार प्रदीप पांडे उर्फ़ चिंटू के साथ मलाड मढ़ में पांचाली फिल्म के शूटिंग करत रहली। देर रात शूटिंग खत्म होखे के बाद रानी अपना घर मीरा रोड खतिर निकलली। जेकरा बाद उनका एक्सीडेंट हो गईल। पिंकविला के अनुसार रानी चटर्जी अस्पताल में आराम कर रहल बाड़ी। एहिसे उनकरा से बात नइखे हो पाईल। बता दी कि रानी चटर्जी अपना बेस्ट फ्रेंड आउर भोजपुरी के अभिनेत्री अंजना सिंह के साथ हाल ही में छुट्टि मनाके आईंल रहली। दुनु अभिनेत्री कई तस्वीर आउर वीडियो भी मस्ती करत अपना इंस्टाग्राम पर शेयर कइले रहली। रानी चटर्जी के एगो वीडियो हालही में बड़ी तेजी से वायरल भईल रहल जवना में रानी एगो हथिनी के परिचय दे रहल रहली। रानी हथिनी के नाम लक्ष्मी बतावत रहली जेकर उम्र 52 साल रहे। विडियो में रानी हथिनी के अपने पास बुला रहल बाड़ी जो उनके पास नइखे आवत।  इकरा बाद रानी कहेली कि “कोई बात नहीं हमारे पास राजा है”.

Did you find apk for android? You can find new Free Android Games and apps.

LEAVE A REPLY

Please enter your comment!
Please enter your name here