अवार्ड फंक्शन में दिखल भोजपुरिया स्टार्स के जलवा

0
435
Want create site? Find Free WordPress Themes and plugins.

कोलकाता के नेताजी स्टेडियम में भोजपुरी सिनेमा स्क्रीन ऐंड स्टेज अवॉर्ड्स के आयोजन भइल। इ इवेंट में भोजपुरी फिल्म इंडस्ट्री के लगभग सबे बड़ा फिल्मी सितारा शामिल भइलन।

इवेंट में भोजपुरी फिल्म के जुबलीस्टार दिनेशलाल यादव निरहुआ के होम प्रोडक्शन ‘निरहुआ इंटरटेनमेंट’ के पिछले साल रिलीज भइल ‘बॉर्डर आउर ‘निरहुआ हिंदुस्तानी 3’ के जलवा कायम रहल| पिछले साल के सुपरहिट फिल्म में शुमार रहल दूनों फिल्म कुल दस अवॉर्ड पर कब्जा जमवलस| यू-ट्यूब क्वीन आम्रपाली दुबे के ‘निरहुआ हिंदुस्तानी 3’ खातिर जहवां बेस्ट ऐक्ट्रेस के अवॉर्ड से नवाजल गइल, त उहवें जुबलीस्टार दिनेश लाल यादव निरहुआ के ‘बॉर्डर’ खातिर बेस्ट एक्टर के क्रिटिक अवॉर्ड मिलल|

अभिनेत्री शुभी शर्मा के ‘निरहुआ हिंदुस्तानी’ खातिर बेस्ट सपोर्टिंग एक्ट्रेस के अवॉर्ड मिलल| बेस्ट विलेन के अवॉर्ड सुनील थापा के ‘बॉर्डर’ खातिर देवल गइल, त संतोष मिश्रा के बेस्ट डाइलॉग राइटर के अवॉर्ड ‘बॉर्डर’ खातिर मिला…. गीतकार प्यारेलाल कवि के बेस्ट लिरिक्स राइटर के अवॉर्ड त किरण यादव के बेस्ट सपोर्टिंग फिमेल के क्रिटिक अवॉर्ड मिलल….

अन्य अवॉर्ड में कानू मुखर्जी के बेस्ट कोरियोग्राफर त जितेंद्र सिंह जितू के बेस्ट एडिटर के अवॉर्ड मिलस| इ अवॉर्ड समारोह में खेसारीलाल यादव के बेस्ट एक्टर के अवॉर्ड उनकरा फिल्म ‘संघर्ष’ खातिर मिलल| ‘संघर्ष’ के कुल चार अवॉर्ड मिलल| बतावल चलीं की इ अवॉर्ड फंक्शन में भोजपुरी के सुपरहिट जोड़ी दिनेश लाल यादव निरहुआ आउर आम्रपाली दुबे आपन परफॉर्मेंस से स्टेज पर गर्दा उड़ा देहले।

Did you find apk for android? You can find new Free Android Games and apps.

LEAVE A REPLY

Please enter your comment!
Please enter your name here