उतरन के रश्मि देसाई फेरों केकर बनीहन दुल्हनियाँ

0
514
Want create site? Find Free WordPress Themes and plugins.

हिट सीरियल उतरन में तपस्या के किरदार में हर-घर मशहूर रहे वाली रश्मी देसाई मीडिया रिपोर्ट के मुताबिक जल्द ही शादी के बंधन में बंधे वाला बाड़ी। खास बात इ बा कि रश्मि शादी टीवी पर ही करिहे। एह बात के खुलासा हाल में आइल एगो मीडिया रिपोर्ट से भईल बा।बॉम्बे टाइम्स वेबसाइट के रिपोर्ट के मुताबिक रश्मि देसाई सलमान खान के शो ‘बिग बॉस 13’ में नजर अइहे। रिपोर्ट के अनुसार रश्मि इ शो में ही ब्वॉयफ्रेंड अरहान खान से शादी करिहे। बॉम्बे टाइम्स वेबसाइट के सूत्र के मानी त रश्मि शो के शुरुआत में ही एंट्री करिहे जबकि उनके ब्वॉयफ्रेंड कुछ दिन बाद। सूत्र के मुताबिक शादी खातिर रश्मि के करीबी रिश्तेदार अउर दोस्त के न्यौता भेजल जाई। हालांकि ए बारे में अभी तक रश्मि अउर अरहान के तरफ से अभी कवनो भी बयान नइखे आइल। अरहान खान अउर रश्मि देसाई साल 2017 से एक-दूसरे को डेट कर रहल बाड़े।एकरा अलावा भी इ दुनु के एक साथ कई बार देखल गईल बा।

रश्मि देसाई
रश्मि देसाई

‘बिग बॉस 13’ में अगर अईसन होता त  रश्मि बिग बॉस के तीसरा सेलिब्रिटी होईहन जेकर शो के दौरान शादी होई। रश्मि देसाई से पहले ‘सपना बाबुल का… बिदाई’ सीरियल के  अभिनेत्री सारा खान अली मर्चेंट से आ ‘नजर’ सीरियल के अभिनेत्री मोनालिसा विक्रांत सिंह राजपूत से रियलिटी शो के दौरान शादी कइले रहली। सारा और अली त तनी दिन बाद अलग हो गईले पर मोनालिसा अउर विक्रांत अपन शादीशुदा जिंदगी में बेहद खुश बाड़े। रश्मि देसाई साल 2012 में अभिनेता नंदीश संधू के साथ शादी कइले रहली। एकरा बाद उ नंदीश संधू से साल 2015 में तलाक ले लेहली। रश्मि देसाई अउर नंदीश संधू टीवी धारावाहिक ‘उतरन’ में साथे काम कइले रहलस लोग। शो में इ दुनु के अभिनय भी काफी पसंद कईल गईल रहे। इतने ना इ दुनु डांस रियलिटी शो ‘नच बलिए’ में भी भाग लेले रहले।

Did you find apk for android? You can find new Free Android Games and apps.

LEAVE A REPLY

Please enter your comment!
Please enter your name here