रहीं तैयार …सूरजपुर मेले के चौपाल में खूब होई भोजपुरी गायकी के जलवा

0
1664
Want create site? Find Free WordPress Themes and plugins.

32वें इंटरनैशनल सूरजकुंड क्राफ्ट मेला में उत्तरप्रदेश के फोक कलाकार रंग जमइहन । 2 से 18 फरवरी तक आयोजित होखे वाला इ  मेला से एगो जानल मानल नाम फोक सिंगर व भोजपुरी कलाकार मालिनी अवस्थी के बा ।

मालिनी अवस्थी आपन सुर के जादू बिखारे खातीर मेला में 4 फरवरी के अइहन । एकरा अलावा अलग-अलग राज्य के उम्दा कलाकार भी आपन कला से लोगन के रूबरू करइहन।

हरियाणा टूरिजम 16 दिन तक चौपाल प शाम 6 बजे आयोजित होखे वाला सांस्कृतिक कार्यक्रम के लिस्ट फाइनल कर लीहले बा ।कहल जाला की मेला की जान ह चौपाल.

इंटरनैशनल सूरजकुंड मेला में इ बार उत्तरप्रदेश थीम स्टेट व किर्गिस्तान के पार्टनर कंट्री बनावल गइल बा। इ कार्यक्रम में मालिनी अवस्थी के साथे साथें पंजाब के मशहूर सिंगर शंकर सहानी ,लोगन के आपन गाना प झुमइहन.

एकरा  अलावा देश के जानल मानल हास्य कलाकार सुरेंद्र शर्मा द्वारा कवि सम्मेलन के आयोजन कइल जाइ। इ कार्यक्रम में लोगन के विदेशी कलाकार के कला के भी देखे के मौका मिली।

Did you find apk for android? You can find new Free Android Games and apps.

LEAVE A REPLY

Please enter your comment!
Please enter your name here