बिहार में कॉलेज के अजब फरमान, लईकी खाती ड्रेस कोड लागू

0
974
Want create site? Find Free WordPress Themes and plugins.

शिक्षा व्यवस्था के बेहतर बनावे खातीर आजकाल कॉलेज प्रशासन नया-नया नियम निकला रहल बा। बाकि कुछ कॉलेज अइसनों बा जेकर नियम से शिक्षा व्यवस्था के कवनों लेन-देन नइखे। एह कड़ी में एक बार फिर बिहार के नाम आइल बा। जहवां के शिक्षा व्यवस्था प हमेशा ही उंगली उठत रहेला।

बिहार के पटना के मगध महिला कॉलेज में जीन्स अउर पटियाला सूट ना पहीने खातीर सख्त निर्देश दिहल गइल बा। साथ ही क्लास में मोबाइल रखला प भी मनाही हो गईल बा।

कॉलेज प्रशासन 2018 से नया ड्रेस कोड लागू करे जा रहल बा। जेह में  जीन्स, पटियाला सूट जइसन पहनावा  के वर्जित करल गइल बा। कहल जा रहल बा कि इ नियम समानता लावे  खातीर लागू करल  गइल बा।

कॉलेज के प्रिंसिपल शशि शर्मा कहली कि जवन भी  प्रतिबंध लगावल  गइल बा उ उचित बा। उनकर कहनाम बा कि इ नियम लइकिन से पूछ के लीहल गइल बा। अउर कवनों लड़की के इ नियम से कोई आपत्ति नइखे। उ कहली कि हम इ ड्रेस कोड सामाजिक असमानता के देख के लागू कइले बानी। शशि शर्मा आगे कहली कि मुस्लिम लड़कियां त पहिलहीं से जीन्स ना पहिनेली अउर हिन्दू लड़कियां जवन कपड़ा पहिनेली उ शर्मनाक ह।

Dressing code in collegeमोबाइल के बारे में शशि शर्मा के कहनाम बा कि मोबाइल क्लास में ना लेजइला से छात्रा लोग के ध्यान पढ़ाई में लागल रही। उ कहली कि कैंपस में मोबाइल खातीर फ्री जोन बनल बा।  जवन भी लड़की के बात करेके होयी, उहां जाके उ बात कर सकेली ।

अउर खास बात इ ह कि इह नियम के उल्लंघन खातीर दण्ड राशि भी लगावल गईल बा। अगर कवनों लड़की नियम के उल्लंघन करी त ओकरा के 1000 रुपया कॉलेज प्रशासन के देवे के पड़ी। छात्राओं के विरोध प प्रिंसिपल शर्मा कहली कि मुस्लिम लड़कियां त पहिलहीं से जीन्स ना पहिनेली सन। एह से ओहन लोग के त कवनों आपत्ति नईखे। बाकि हिन्दू लड़कियन के भी समझा लिहल गईल बा अउर ओहन लोग भी एह खातीर हामी भर देले बाड़ी।

Did you find apk for android? You can find new Free Android Games and apps.

LEAVE A REPLY

Please enter your comment!
Please enter your name here