नीतीश के चलते 3,000 साल पुरान सभ्यता के अवशेष मिलल

0
992
Want create site? Find Free WordPress Themes and plugins.

due to Nitish, 3000 years old civilization The relicबिहार के मुख्यमंत्री नीतीश कुमार शेखपुरा जिला के जवन गांव में एगो स्तूप के खोज कइले रहन, उहवां 3,000 साल पुरान अवशेष मिलल बा। इ अवशेष में मिट्टी के बर्तन बा,  जेकर पुरातात्विक महत्व बहुत ज्यादा बा।

रिसर्च इंस्टिट्यूट के कार्यकारी निदेशक कहलें की,  ‘हम उ जगह के दौरा कइनी, जहवां कइगो अवशेष के देखके हम बहुत रोमांचित भइनी। इ अवशेष पुरातन अस्तित्व के संकेत दे रहल बा। उहां महात्मा बुद्ध, भगवान विष्णु अउर कुछ देवी-देवता के खंडित मूर्ति मिलल बा। बतावल जाता की ‘काला अउर लाल रंग में वस्तु के अवशेष करीब 1,000 ईसा पूर्व पहीले के बा।

due to Nitish, 3000 years old civilization The relicगौरतलब बा कि मुख्यमंत्री नीतीश कुमार राज्य सरकार के विकास कार्य के जायजा लेवे खातीर आपन विकास समीक्षा यात्रा के तहत शुक्रवार के बिहार के  राजधानी पटना से करीब 120 किलोमीटर के दूरी प स्थित एगो गांव के यात्रा प रहन। पुरातत्व में उनकर रुचि खातीर जानल  जाए वाला नीतीश के नजर जब इ स्तूप पर पड़ल, तब उ पवलन की इ कोई ऐतिहासिक अउर पुरातात्विक महत्व वाला स्थान लागता।

साल 2016 में नालंदा विश्वविद्यालय के यूनेस्को से विश्व ऐतिहासिक धरोहर स्थल के दर्जा मिलला के बाद नीतीश अब राजगीर के विशाल दीवार के भी एही तरह के दर्जा दिलावे खातीर प्रयासरत बाड़न।

Did you find apk for android? You can find new Free Android Games and apps.

LEAVE A REPLY

Please enter your comment!
Please enter your name here