2018 में बिहार से लालटेन गायब हो जाई : सुशील मोदी

0
1075
Want create site? Find Free WordPress Themes and plugins.

बिहार के उपमुख्यमंत्री सुशील कुमार मोदी 2017 के आखिरी दिन कहलें कि बिहार अब लालटेन मुक्त होयी। अब बिहार के हर गांव, हर टोला-महल्ला में बिजली होयी।

लालटेन आरजेडी के चुनाव चिह्न ह, एह वजह से इ बयान के राजनैतिक चश्मा से भी देखल जा रहल बा। बिहार के मुख्यमंत्री नीतीश कुमार ऐलान कइले रहन की 2018 के दिसम्बर तक बिहार के हर घर में बिजली पहुंच जायी अउर रौशनी के मामला में बिहार लालटेन मुक्त हो जायी।

बाकी राजनैतिक दृष्टि से एनडीए खातीर 2018 में सबसे बड़ चुनौती आरजेडी ही बा। 2018 में एनडीए खाली आपन काम के बदौलत ही जनता के साथ पा सकेला। मोदी कहलें कि बिहार इ साल अंधकार से मुक्त होयी। बाकी खाली बिजली से ही अंधकार ना मिट सकेला। युवा लोग के भविष्य, रोजगार, किसान के हित अउर भ्रष्टाचार के दूर कइला से ही अंधकार मिटी।

सुशील कुमार मोदी के अनुसार इ बार प्रधानमंत्री नरेन्द्र मोदी युवा प ध्यान देले बाडन। सुशील मोदी भी जगह-जगह प इ साल नौजवान खातीर कार्यक्रम आयोजित करत बाड़न, ताकि युवा के सपना जइसन बिहार बनावल जा सके।

Did you find apk for android? You can find new Free Android Games and apps.

LEAVE A REPLY

Please enter your comment!
Please enter your name here