महान वैज्ञानिक आउर BHU के पूर्व वीसी डॉक्टर लालजी के निधन

0
1345
Want create site? Find Free WordPress Themes and plugins.

भारत में डीएनए फिंगर प्रिंटिंग के जनक कहे जाए वाले वाराणसी काशी हिंदू विश्वविद्यालय के पूर्व कुलपति अउर वैज्ञानिक पद्मश्री डॉ. लालजी सिंह के दिल के दौरा पड़े से रविवार के देर रात निधन हो गइल।

लालजी सिंह के जन्म 5 जुलाई 1947 के भइल रहे । उ यूपी के जौनपुर जिले की सदर तहसील के गांव कलवारी के रहे  वाला रहन । इनकर पिता एक साधारण किसान रहन।

उ जौनपुर जिला से इंटरमीडिएट के पढाई पूरा कइला के बाद 1962 में बीएचयू अइलन। इहां उ बीएससी, एमएससी अउर पीएचडी के डिग्री हासिल कइलन। बचपन में  उ पैदल 12 किलोमीटर चलकर रोज स्कूल  जात रहन ।1971 में पीएचडी कइला के बाद कोलकाता गइलन, जहां साइंस में 1974 तक एक फैलोशिप के तहत रिसर्च के  पूरा कइलन । एकरा  बाद उ फैलोशिप पर ब्रिटेन गइलन, अउर 9 महीना के बाद वापस भारत अइलन।

उ जून 1987 में सीसीएमबी हैदराबाद में साइंटिस्ट के पोस्ट पर काम कइल शुरू कर देलन। 1998 से 2009 तक उहा उ डायरेक्टर रहन।

BHUबनारस हिंदू विश्वविद्यालय के पूर्व कुलपति डॉ लालजी सिंह के सबसे बड़ी खासियत इ रहे  कि देश के जाने-माने विश्वविद्यालय के कुलपति होखला के बाद भी  उ मात्र एक रुपये सैलरी लेत रहन. उनकर मानना रहे  कि विज्ञान के क्षेत्र में कइल गइल  उनकर कार्यों खातीर उनका के भटनागर फेलोशिप मिलता,  उ उनका जीये खातीर  काफी रहे .

प्रो डॉ लालजी सिंह  डीएनए टेस्ट कर के केतना चर्चित मर्डर मिस्ट्री के सुलझावे में मदद कइलन । राजीव गांधी मर्डर केस, नैना साहनी मर्डर केस, स्वामी श्रद्धानंद, मुख्यमंत्री बेअंत सिंह, मधुमिता मर्डर केस, मंटू मर्डर केस आदि के जांच में डीएनए फिंगर प्रिंट के जरिये सुलझावे में उनकर सक्रिय भूमिका रहल.

उत्तर प्रदेश के मुख्यमंत्री योगी आदित्यनाथ कहलन कि लालजी सिंह के निधन से देश  एगो प्रखर शिक्षक अउर उच्च कोटि के वैज्ञानिक खो दिहलस . एक शोक संदेश में इहो  कहलन कि डॉक्टर लालजी सिंह भारत में डीएनए फिंगर प्रिंटिंग के जनक रहन . मुख्यमंत्री उनकर  परिजनों के प्रति संवेदना व्यक्त करत कहलन कि विषम परिस्थिति में अध्ययन कके , डॉक्टर सिंह के जवन  उपलब्धि हासिल भइल बा, उ नया पीढ़ी खातीर अनुकरणीय बा.

रविवार के शाम को आपन पैतृक निवास जौनपुर से हैदराबाद जाए के दौरान बाबतपुर एयरपोर्ट पर उनका हार्ट अटैक आ गइल रहे। एयरपोर्ट पर प्राथमिक उपचार के बाद डॉक्टर उनका के  बीएचयू खातीर  रेफर कर दिहलस।, जहां रात 10 बजे उ आखिरी सांस लेलन. बीएचयू के जनसंपर्क अधिकारी डॉ. राजेश सिंह बतइलन  कि डॉ. लालजी सिंह के शव उनकर गांव कलवारी जाइ।

बीएचयू के कुलपति रहलन डॉ. लालजी सिंह के फादर आफ डीएनए फिंगरप्रिंट के नाम से भी जानल जाला। डा. सिंह अगस्त 2011 से अगस्त 2014 तक बीएचयू के कुलपति रहलन।

Did you find apk for android? You can find new Free Android Games and apps.

LEAVE A REPLY

Please enter your comment!
Please enter your name here