सूरीनाम में भी बसेला एगो भोजपुरिया ‘हिंदुस्तान’

0
1242
Want create site? Find Free WordPress Themes and plugins.

भारत से मीलों दूर… दक्षिण अमरीका महाद्वीप के उत्तर में स्थित… क्षेत्रफल अउर आबादी के हिसाब से सबसे छोट संप्रभु…. जेकरा अधिकारिक तौर प सूरीनाम गणराज्य के नाम से जानल जाला… उ ह एगो अउर हिन्दुस्तान ।

इहवां आबादी के बड़ संख्या में हिंदू अउर भारतीय बाड़न,  जेकरा चलते ही सूरीनाम के हिंदुस्तान भी कहल जाला।  25 नवंबर 1975 में स्वतंत्र भईल सूरीनाम के समाज बहुसांस्कृतिक ह।  इहवां अलग-अलग जाति, भाषा अउर धर्म के लोग निवास करेलें।

one another Bhojpuri Hindustan available in surinameसूरीनाम में 37 फीसदी हिस्सा हिंदुस्तानी अउर 27.4 फीसदी हिस्सा हिंदुओं के बा। इहवां सबसे ज्यादा बोले जाए वाला भाषा डच ह, साथ ही भोजपुरी भाषा भी अधिक मात्रा में बोलल जाला।

1873 में उत्तर प्रदेश अउर बिहार के लोग उहां जाके बसल रहन। ओह घड़ी डच सरकार कांट्रेक्ट मजदूर के नियुक्ति खातीर ब्रिटेन संगे समझौता भी कइले रहे।

प्रसिद्ध फुटबॉल खिलाड़ियों के जन्म-भूमि सूरीनाम में भारतीय सांस्कृतिक केंद्र 1978 में खोलल गइल रहे। जवन उहवां कथक, योग अउर शास्त्रीय संगीत प जोर देवे के संगे ही… हिंदी अउर  लोक-नृत्य के भी प्रचार प्रसार कर रहल बा। भारत अउर सूरीनाम के बीच आर्थिक संबंध भी बढ़िया बा।

Did you find apk for android? You can find new Free Android Games and apps.

LEAVE A REPLY

Please enter your comment!
Please enter your name here