करीना के हार बा कार से भी महंगा

0
452
Want create site? Find Free WordPress Themes and plugins.

स्टाइल के मामले में करीना कपूर खान के सामने कोई के दाल ना गलेला| काहे की करीना उ बाड़ी जे आपन फेवरेट बाड़ी, जे आपन स्टाइल स्टेटमेंट से सब के चौंका देवली| आपन एही तरह के अंदाज़ से एक बार फेर करीना खूब सुर्खियां बटोरत बाड़ी|

kareenaयूं त करीना जौनो करेली, उ बात चर्चा में आ जाला| करीना खुद एगो बड़ा हीरोइन बाड़ी, ऊपर से उ नवाब सैफ अली खान के बीवी बाड़ी| उ महंगा विदेशी ब्रांड्स आउर डिज़ाइनर्स के कपड़ा पहिरेली| लक्ज़री कार में घूमेली| लेकिन आजकाल उनकरा एगो गले के हार चर्चा में बा| काहे की उ नेकलेस के कीमत कओनो लग्ज़री कार से कम ना बा|

kareenaआजकाल करीना कपूर खान डांस रिएलिटी शो डांस इंडिया डांस के ज़रिए टीवी पर आपन डेब्यू कइले बाड़ी|उ शो के जज बाड़ी आउर इ बार शो के फिनाले इवेंट में भी उ जज के तौर पर नज़र आवे वाला बाड़ी| उ शो में आपन पॉप्युलर सॉन्ग पर कदम भी थिरकइहें|अइसे में स्टाइल के पर्फेक्ट से भी ज़्यादा परफेक्ट रखे के कोशिश करल गईल बा| सबसे ज़्यादा चर्चा करीना के चोकर के लेके बा|दरअसल उनकर एगो फोटो सामने आइल बा, जेकरा में करीना क्लासिक डायमंड के सर्पेंट चोकर पहिनले नज़र आवत बाड़ी|

kareena chokarकरीना के इ सर्पेंट चोकर के कीमत कौनो लग्जरी गाड़ी से भी ज्यादा बतावल जा रहल बा| इ नेक पीस के कीमत 38 लाख रुपये बा| केहु पहिली बार में एकर कीमत सुनी त चौक जाइ| मानल जा रहल बा के पूरा इंडस्ट्री में भी उनकरा इ नेक पीस के चर्चे हो रहल बा| बॉलीवुड एक्ट्रेस करीना कपूर बलून स्लीव वाला बॉडी हगिंग गाउन पहिनले बाड़ी| साथे उ ट्रांसपेरेंट हील्स पहिनले बाड़ी आउर मिडल पार्टिशन वाला हेयर डू के साथ करीना आपने लुक के कंप्लीट करत बाड़ी|

Did you find apk for android? You can find new Free Android Games and apps.

LEAVE A REPLY

Please enter your comment!
Please enter your name here