दुनिया के सबसे अजीबों गरीब रामलीला

0
599
Want create site? Find Free WordPress Themes and plugins.

दुनिया के सबसे अजीबों गरीब रामलीला। रामलीला में इंद्रदेव भी भगवान राम के स्वागत करें पहुँचले। भए प्रगट कृपाला दीनदयाला कौशल्या हितकारी। हरषित महतारी मुनि मन हारी अद्भुत रूप बिचारी। जवन दिन के राजा दशरथ समेत तीनों लोक के इंतजार रहेला उ घड़ी आ गईल। अधर्म के नाश करे के खातिर भगवान विष्णु त्रेतायुग में भगवान श्रीराम के रूप में धरती पर अवतार ले के अईले। भरत, लक्ष्मण आउर शत्रुघभन के साथ राम के अवतार के सूचना से संपूर्ण जगत में खुशियों के बहार छा गईल। भगवान इंद्र भी प्रसन्न होकर मेघ बरसाके प्रभु के स्वागत कइले। अयोध्यावासियों रामजन्म के खुशी में घी के दीया जलईले।

रामलीला
रामलीला

रामलीला के दौरान बरसात खलल डाल देलस लकिन लीला प्रेमी अपना स्थान पर ही जमल रहले। बरसात के कारण 20 मिनट तक लीला प्रभावित भईल। बनारस के विश्वप्रसिद्ध रामलीला के आगाज हो गईल बा। पुत्र सुख से वंचित राजा दशरथ गुरु वशिष्ठ से आपना दुख कहत बाड़े तब वशिष्ठ उनसे पुत्रेष्टि यज्ञ करे के सलाह देत बाड़े। यज्ञ के समाप्ति पर अग्दिेव प्रकट हो तारे आउर तीनों रानियों के हव्य देत बाड़े।गर्भ से बाहर निकलत नारायण आपन विराट स्वरूप के दर्शन माता कौशल्या के करईले त उ डर गईली।

उ भगवान से बालरूप धारण करे के प्रार्थना कईली। दासी से पुत्र जन्म के सूचना मिलत राजा दशरथ के खुशी के ठिकाना नईखे रहत। पूरा अयोध्या श्रीराम जन्म के उत्सव मनावे लागता आउरी घी के दिया घर घर जलावल जाता साथे सोहर भी गूंज उठता।

Did you find apk for android? You can find new Free Android Games and apps.

LEAVE A REPLY

Please enter your comment!
Please enter your name here