बिहार में बाढ़ बा,फिर भी बहार बा

0
468
Want create site? Find Free WordPress Themes and plugins.

लगातार हो रहल बारिश से बिहार के कई जिला के हाल बेहाल बा| करीब 15 जिला के अलर्ट पर रखल गइल बा| ओहिजे, बिहार के राजधानी पटना में जलजमाव आपन पुराना रिकॉर्ड के तोड़ रहल बा है| पटना के कई अइसन इलाका बा जहवां जल भराव के वजह से बाढ़ जइसन हालात बन चुकल बा| कई जगह पर नाव, जेसीबी के सहारे लोग के घर से निकालल जा रहल बा| लेकिन इ सबके बीच सोशल मीडिया पर एगो लइकी के तस्वीर काफी वायरल हो रहल बा|

BIHAR FLOODलइकी पटना के जलजमाव वाला सड़क पर फोटोशूट करववले बीआ|जेकरा के लेके सोशल मीडिया यूजर्स दू हिस्सा में बंटल बाड़न| कई फेसबुक यूजर्स एकर सराहना कइले बाड़न त कई इ फोटोशूट पर लइकी के ट्रोल कर रहल बाड़न|

PATNA GIRL PHOTOSHOOTजी , इ तस्वीर कओनो समंदर किनारे ना खींचावल जात बा बल्कि बाढ़ से संमदर पटना में बाढ़ के बीच फोटोशूट करावल गइल बा| जहवां एक तरफ लगातार हो रहल बारिश से बिहार के कई जिला के हाल बेहाल बा, ओहिजे एगो फैशन स्टूडेंट बिहार में बाढ़ के तऱफ लोग के ध्यान खींचे खातिर इ अनोखा तरीखा इख्तियार कइले बाड़ी|

ADITI SINGHआदिति सिंह नाम के इ छात्रा पटना के जलभराव वाला सड़क पर फोटोशूट करववले बाडी| आदिति सिंह निफ्ट पटना के छात्रा बाड़ी| इ फोटोशूट में आप देख सकेली की सड़क पर पानी बा आउर आदिति आराम से बाढ़ के पानी के बीच में पोज दे रहल बाड़ी| छात्रा के पीछे एगो बड़ा पेड़ भी गिरल देखल जा सकता|

PATNA GIRL VIRAL

फोटोशूट के लेके अदिति सिंह आउर उनकरा सहयोगी के कहना बा कि फोटोशूट के मकसद पटना के ताजा हालात के आपन प्रोफेशन के हिसाब से देखावे खातिर करल गइल बा| अदिति के इ फोटोशूट के वीडियो भी इंस्टाग्राम पर डालल गइल बा जे कि सोशल मीडिया में वायरल हो रहल बा|

Did you find apk for android? You can find new Free Android Games and apps.

LEAVE A REPLY

Please enter your comment!
Please enter your name here