बाढ़ के सामने बेबस भइलन सुशासन बाबू

0
444
Want create site? Find Free WordPress Themes and plugins.

बिहार में भारी बारिश से हाहाकार मचल बा| नदी,नाला के पानी सैलाब के रूप लेके जनजीवन के अस्त व्यस्त कर देहले बा| एही बीच 3 दिन से बाढ़ के पानी के बीच आपन घर में फंसल राज्य के उपमुख्यमंत्री के रेस्क्यू करल गईल|

sushil modiसुशील मोदी बाढ़ के वजह से पटना के राजेंद्र नगर स्थित आपन घर में तीन दिन से आपन परिवार सहित फंसल रहलन| बतावल जा रहल बा की बाढ के बीच घर में फंसल डिप्टी सीएम के परिवार के कई परेशानियों के सामना करे के पड़ल| इ दौरान उनकरा घर ना पानी रहे आउर नाही बिजली|

बता दींही की बिहार के राजधानी पटना समेत राज्य के ज्यादातर इलाका में आसमान से बरसल आफत आउर बाढ़ के कहर जारी बा| कई इलाका जलमग्न हो गइल बा| हर जगह बस पानिए- पानी बा| लोग आपन घर में कैद बाड़न| अइसन में खाना के लेकर भी लोग परेशान बाड़न|हालांकि प्रशासन के तरफ से इलाका में हेलीकॉप्टर के जरिए खाने के पैकेट गिरावल गइल बा| लेकिन फेर भी लोगन के शिकायत बा की प्रशासन के इंतजाम उनकरा मदद खातिर नाकाफी बा| अइसन में आउर मदद के इंतजाम करल जाए के जरूरत बा|

sushan babu

Did you find apk for android? You can find new Free Android Games and apps.

LEAVE A REPLY

Please enter your comment!
Please enter your name here