फालतू के फतवा, जेकरा कोई माने के तैयार नइखे

0
963
Want create site? Find Free WordPress Themes and plugins.

उत्तर प्रदेश के दारूल उलूम देवबंद फतवा के  फैक्ट्री बन चुकल बा। इहां से एगो फतवा जारी भईल बा कि बैंक में काम कइल हराम बा। एह से अब मुस्लिम लोग बैंक में काम ना करीहें।  साथही मुस्लिम परिवार के लोग आपन बेटा-बेटि के शादी-ब्याह  भी उ घर में ना  करीहें, जवन घर के लोग बैंक में काम करत होखिहें।

एकरा ले पहीले भी अइसन फतवा जारी भइल बा जवन विवाद में रह चुकल बा अउर मुस्लिम महिला खातीर नाजायज़ अउर गुनाह करार दिहल जा चुकल बा। जइसे मेरठ के 15 साल के एगो मुस्लिम लड़की खातीर गीता के पाठ भारी पड़ गइल रहे अउर ओकरा खिलाफ फतवा जारी हो गइल। अइसने अनगिनत फतवा मुस्लिम महिलाओं खातीर आए दिन सुर्खियों में रहेला। फेसबुक, व्हाट्सअप अउर सोशल मीडिया प महिला के फोटो अपलोड करे प फतवा, मुस्लिम महिला लोग के हेयर कट अउर आइब्रो बनवावे प फतवा, चुस्त अउर चमक-दमक वाला बुर्का प फतवा त  टेनिस खिलाड़ी सानिया मिर्जा के छोट स्कर्ट प भी फतवा । बॉलीवुड के अभिनेत्री के खिलाफ फतवा जारी कईल त  आम बात हो गइल बा।

कुछ लोग के कहनाम बा कि इ अजीबोगरीब फतवा जारी कके कुछ मौलवी अउर मौलाना सुर्खियॉ बटोरल चाहत बाड़न…  इ फतवों के जरिए उ बतावल चाहत बाड़न कि समाज में उ बड़ा  रसूख रखेलन  अउर मुस्लिम समाज उनकर इशारा प नाचेला।  बाकी  हकीकत  त इ ह कि अब समाज बदल रहल बा  अउर लोग फालतू के फतवा के तवज्जों  देवे खातीर बिलकुल तैयार नईखन।

Did you find apk for android? You can find new Free Android Games and apps.

LEAVE A REPLY

Please enter your comment!
Please enter your name here