Khesari Lal Yadav – Gahana Live https://www.gahanalive.com Gahana Tue, 11 Feb 2020 08:43:47 +0000 en-US hourly 1 https://wordpress.org/?v=6.4.4 खेसारी लाल आउर काजल राघवानी के ई गाना मचा रहल बा धमाल https://www.gahanalive.com/bhojpuri-samachar/this-song-of-khesari-and-kajal-is-going-hit-gahana-live-3030 https://www.gahanalive.com/bhojpuri-samachar/this-song-of-khesari-and-kajal-is-going-hit-gahana-live-3030#respond Mon, 10 Feb 2020 11:50:29 +0000 https://www.gahanalive.com/?p=3030 The post खेसारी लाल आउर काजल राघवानी के ई गाना मचा रहल बा धमाल appeared first on Gahana Live.

]]>

भोजपुरी सिनेमा एह समय बॉलीवुड के जबरदस्त टक्कर दे रहल बा। भोजपुरी सुपरस्टार्स के फैन फॉलोइंग भी कवनो बॉलीवुड सुपरस्टार से कम नाही बा। अईसे में भोजपुरी सुपरस्‍टार खेसारी लाल यादव के गाना काफी पसंद कईल जाला। उनके गाना इंटरनेट पर काफी ट्रेंड भी करेला। एह समय खेसारी लाल यादव गाना जवना के बोल बा ‘सुताल तनी कोरा में’ काफी ट्रेंड में बा।

खेसारी लाल यादव का ई धमाकेदार भोजपुरी गाना सोशल मीडिया पर खूब देखल जा रहल बा। एह गाना में खेसारी के साथे अभिनेत्री काजल राघवानी भी नजर आ रहल बाड़ी।

खेसारी लाल अउरी काजल राघवानी
खेसारी लाल अउरी काजल राघवानी

खेसारी आउर काजल के गाना ‘सुताल तनी कोरा में’ यूट्यूब पर जबरदस्त धूम मचा रहल बा। एह गाना में दूनू भोजपुरी सुपरस्टार शानदार डांस करत दिखाई दे रहल बाड़ें। एह गाना के वायरल होखे के वजह खेसारी आउर काजल के जबर्दस्त फैन फॉलोइंग बा। ओईजा दूनू स्टार के रोमांस भी देखे लायक बा। खास बात ई बा कि एह गाना के खुद खेसारी लाल यादव गवले बाड़े।

यूट्यूब पर एह वीडियो के अब तक 16.58 करोड़ से ज्यादा बार देखल जा चुकल बा। एह गाना में काजल राघवानी पिंक आउर यलो रंग के साड़ी में बेहद खूबसूरत लाग ताड़ी। ओईजा खेसारी एह वीडियो में व्हाइट-ब्लू शर्ट आउर जींस में दिखाई दे ताड़ें।

इस वीडियो सॉन्‍ग के खेसारी लाल यादव खुद गवले बाड़ें। आशीष वर्मा गाना के इसमें म्‍यूजिक दिहले बाड़ें। ओईजा एह गाना के बोल प्‍यारे लाल कवि जी, आजाद सिंह आउर श्‍याम देहाती लिखले बाड़ें। आउर डायरेक्‍ट कईले बाड़ें महेश आचार्य।

खेसारी लाल यादव के भोजपुरी सिनेमा के ‘कॉमेडी किंग’ भी कहल जाला। उनकर जोड़ी सबसे ज्यादा काजल के साथे ही जमेला। ई दूनू स्टार जवना फिल्म या गाना में साथे नजर आवेलें ऊ पहले से ही हिट मान लिहल जाला। हालांकि खेसारी, अक्षरा सिंह आउर आम्रपाली दुबे के साथ भी शानदार रोमांटिक फिल्म कर चुकल बाड़ें।

The post खेसारी लाल आउर काजल राघवानी के ई गाना मचा रहल बा धमाल appeared first on Gahana Live.

]]>
https://www.gahanalive.com/bhojpuri-samachar/this-song-of-khesari-and-kajal-is-going-hit-gahana-live-3030/feed 0
जब रानी चटर्जी देहली बॉलीवुड एक्ट्रेस कैटरीना कैफ के मात https://www.gahanalive.com/uncategorized/when-actress-rani-chatterjee-beat-bollywood-actress-katrina-kaif-gahana-live-2558 https://www.gahanalive.com/uncategorized/when-actress-rani-chatterjee-beat-bollywood-actress-katrina-kaif-gahana-live-2558#respond Thu, 05 Dec 2019 14:34:42 +0000 https://www.gahanalive.com/?p=2558 The post जब रानी चटर्जी देहली बॉलीवुड एक्ट्रेस कैटरीना कैफ के मात appeared first on Gahana Live.

]]>

बॉलीवुड एक्ट्रेस कैटरीना कैफ अपना फिल्म के साथ-साथ अपना अदा अउरी फिटनेस के लेके खूब जानल जाली. हर फिल्म में एक्ट्रेस के अलग ही अंदाज देखे के मिलेला. खास बात त ई बा कि एक्ट्रेस फिल्म के अलावा सोशल मीडिया पर खूब चर्चा में रहेली. कही कैटरीना के ई अंदाज त कही भोजपुरी इंडस्ट्री के एक्ट्रेस रानी चटर्जी के उनके टक्कर देहल. एक्ट्रेस रानी चटर्जी सोशल मीडिया पर एगो फोटो पोस्ट कईले बाड़ी जवना में उ जिम वर्कआउट लुक दिखाई दे रहल बाड़ी। हालांकि, एह फोटो के शेयर कके रानी चटर्जी कुछ भी लिखली नाहीं लेकिन इमोजी के सहारा लेहली। रानी चटर्जी एह समय आपन काफी समय वर्कआउट कईले में गुजार रहल बाड़ी। भोजपुरी एक्ट्रेस अपना इंस्टाग्राम अकाउंट पर एगो आउर तस्वीर पोस्ट कईले बाड़ी। इ तस्वीर उनकरा जिम में वर्कआउट के हवे। रानी फोटो में काफी स्लिम फिट लाग ताड़ी। जिम के कास्ट्यूम में फोटो के पोस्ट कईले के दौरान रानी कैप्शन में लिखली- ‘जल्द ही आई ऐब्स…. के बोली अब? भोजपुरी हीरोइन मोटी होली।’     एगो यूजर लिखलस- ‘मेहनत करत रह।’     उनकरा एह तरह स्लिम दिखला पर एगो यूजर लिखलस-           ‘लेकिन आप भोजपुरी हीरोइन मोटहन अच्छा लागेलू, हमारा मतलब क्यूट लागेलू ।        एगो आउर यूजर कमेंट कईलस- ‘इ त बहुते गर्व के बात बा कि हमार भोजपुरी हीरोइन भी जिम कके एब्स बनाव ताड़ी। आपके एब्स खातीर बधाई।’         एगो आउर यूजर कमेंट में लिखलस- ‘आउर आपके फिल्म के का। मूवी कब कमिंग सून?? फिल्म नाहीं कर ताड़ू??’

 

कुल मिला के बात ई बा की भोजपुरी के अदाकारा भी बॉलीवुड के हीरोईन के मात दे सकेली जईसे रानी कैटरीना के देहली.

काजल हैशटैग स्माइल इमोजी पोस्ट कईली। एह फोटो में उ बेहद खूबसूरत लग रहल बाड़ी आउर उनकर स्किन भी ग्लो कर रहल बा। आजकल रानी चटर्जी जिम में काफी पसीना बहाव ताड़ी। ऐसे में फैंस उनसे उम्मीद कर रहल बाने कि उ जल्द ही कवनो नया प्रोजेक्ट के हिस्सा बनिहे।

फोटो पर फैंस कमेंट कईलस आउर उनकरा एह जिम वर्कआउट लुक के कूल बतईलस। कईगो फैंस उनकर एह फोटो पर हार्ट इमोजी बनईलन। रानी चटर्जी आउर खेसारी लाल यादव के जोड़ी भोजपुरी सिनेमा में बेहद पसंद कईल जाला।

The post जब रानी चटर्जी देहली बॉलीवुड एक्ट्रेस कैटरीना कैफ के मात appeared first on Gahana Live.

]]>
https://www.gahanalive.com/uncategorized/when-actress-rani-chatterjee-beat-bollywood-actress-katrina-kaif-gahana-live-2558/feed 0
अक्षरा सिंह फेर केकर बनिहे दुल्हिन https://www.gahanalive.com/bhojpuri-samachar/akshara-singh-fer-kekar-%e2%80%8b%e2%80%8bbanihe-dulheen-gahana-live-2544 https://www.gahanalive.com/bhojpuri-samachar/akshara-singh-fer-kekar-%e2%80%8b%e2%80%8bbanihe-dulheen-gahana-live-2544#respond Thu, 05 Dec 2019 13:48:32 +0000 https://www.gahanalive.com/?p=2544 The post अक्षरा सिंह फेर केकर बनिहे दुल्हिन appeared first on Gahana Live.

]]>

भोजपुरी इंडस्ट्री के खूबसूरत ऐक्ट्रेस अक्षरा सिंह सोशल मीडिया पर काफी ऐक्टिव रहेली। उ अपना लुक के लेके नया-नया एक्सपेरिमेंट करत रहेली। अपना नया लुक के अक्षरा अपना फैन्स के बीच शेयर कईल नाहीं भूलेली। उनकर अलग-अलग अवतार के तस्वीर आउर विडियो के उनकरा फैन्स के काफी इंतजार रहेला।

अक्षरा सिंह
अक्षरा सिंह

हाल ही में आईल अक्षरा सिंह के दुल्हिन अवतार के तस्वीर सोशल मीडिया पर वायरल हो रहल बा। एह तस्वीर के अक्षरा सिंह अपना इंस्टाग्राम अकाउंट पर शेयर कईले बाड़ी। तस्वीर में अक्षरा सिंह दुल्हिन के अवतार में बेहद ग्लैमरस नजर आव ताड़ी। बता दीं कि उनकर इ लुक उनके आवे वाला फिल्म के ह।
अक्षरा तस्वीर में लाल आउर सुनहरा दुल्हन के लिबास में दिखाई दे  ताड़ी। उनकर जूलरी उनके पूरा कम्पलीट लुक देता। अक्षरा सिंह के एह तस्वीर के उनकर फैन्स के बीच काफी पसंद कईल जा रहल बा। एगो फैन त अक्षरा सिंह के खूबसूरती के आगे आम्रपाली दुबे, आउर काजल राघवानी के खूबसूरती के फीका बता देहलस। आपके बता दीं कि अक्षरा के आवाज बहुत अच्छा ह आउर उ कईगो सुपरहिट भोजपुरी गाना गईले बाड़ी।

उ भोजपुरी सिनेमा के लगभग हर बड़हन स्टार के साथे काम कईले बाड़ी जवने में रवि किशन, निरहुआ, पवन सिंह आउर खेसारी लाल यादव शामिल बाडे। एकरा अलावा फिल्‍म के बात करी त उ,”सईया सुपरस्टार” ‘राजा दिलवाला,’ ‘ सत्या ‘ आउर ‘तबादला’ जईसन सुपरहिट फिल्म कईले बाड़ी।

The post अक्षरा सिंह फेर केकर बनिहे दुल्हिन appeared first on Gahana Live.

]]>
https://www.gahanalive.com/bhojpuri-samachar/akshara-singh-fer-kekar-%e2%80%8b%e2%80%8bbanihe-dulheen-gahana-live-2544/feed 0
बिग बॉस में सुपरस्टार खेसारी लाल के पीठ में के भोकलस छुरा ! https://www.gahanalive.com/bhojpuri-samachar/homeless-bhojpuri-superstar-khesari-lal-from-bigg-boss-house-gahana-live-2452 https://www.gahanalive.com/bhojpuri-samachar/homeless-bhojpuri-superstar-khesari-lal-from-bigg-boss-house-gahana-live-2452#respond Sat, 23 Nov 2019 11:58:40 +0000 https://www.gahanalive.com/?p=2452 The post बिग बॉस में सुपरस्टार खेसारी लाल के पीठ में के भोकलस छुरा ! appeared first on Gahana Live.

]]>

भोजपुरी एक्टर खेसारी लाल यादव के लेके बिग बॉस के घर से एगो बड़हन खबर आईल बा। खबर बा कि खेसारी लाल यादव के बिग बॉस घर से बेघर क देले बाडे।

एह बात के जानकारी बिग बॉस खबरी के इंस्टाग्राम पेज पर दिहल गईल बा। बतावल जाता कि घर में मौजूद सदस्य द्वारा कईल गईल वोटिंग के आधार पर खेसारी लाल यादव के घर से बेघर कर दिहल  गईल बा। उनका उम्मीद के मुताबिक प्रदर्शन ना कर रहे के कारण बिग बॉस के टीम ई फैसला लेहलस।

खबर के मुताबिक, खेसारी लाल यादव के यूपी, बिहार आउर झारखंड से बहुत ज्यादा वोट मिलल रहल। एह हिसाब से उ घर से बेघर नाहीं हो सकत रहलन। एहिसे घर के सदस्य से वोटिंग कराके उनका के बिग बॉस 13 के घर से बेघर कईल गईल। खेसारी लाल यादव के बाहर होखे से बिहार आउर यूपी के उनके फैंन्स के बहुत बडहन झटका लागल बा। बिग बॉस घर के सदस्य से पूछलें कि शो में सबसे कम केकर योगदान बा। एह पर ज्यादातर सदस्य खेसारी लाल यादव के नाम लेहलें।

खेसारी लाल यादव  के ‘वीकेंड के वार’ से पहिले ही बिग बॉस 13  से बेघर कईल समझ से परे बा। लेकिन सलमान खान उनके एह खातीर कहले रहलन कि खेसारी शो में नाहीं दिख रहल बाड़े। बार-बार बोलले के बावजूद घर में खेसारी लाल यादव के योगदान नाहीं दिख रहल बा। शायद इहे कारण बा कि बिग बॉस इ फैंसला लेहलें। आपके बता दीं कि खेसारी लाल यादव भारत के प्रसिद्ध भोजपुरी गायक आउरी अभिनेता हवे. खेसारी के पहिला सफलता अपना भोजपुरी एल्बम ‘माल भेटाई मेला’ से मिलल रहल। 2012 में आईल अपना पहिला फिल्म ‘साजन चले ससुराल’ से उ रातों रात भोजपुरी फिल्म जगत के सितारा बन गईलन।

The post बिग बॉस में सुपरस्टार खेसारी लाल के पीठ में के भोकलस छुरा ! appeared first on Gahana Live.

]]>
https://www.gahanalive.com/bhojpuri-samachar/homeless-bhojpuri-superstar-khesari-lal-from-bigg-boss-house-gahana-live-2452/feed 0
लुक के मामले में अक्षय आउरी सल्लू के पीछे छोड़ले खेसू डार्लिंग https://www.gahanalive.com/bhojpuri-cinema-and-tv-news/kesu-darling-left-behind-akshay-and-sallu-in-terms-of-look-gahana-live-2396 https://www.gahanalive.com/bhojpuri-cinema-and-tv-news/kesu-darling-left-behind-akshay-and-sallu-in-terms-of-look-gahana-live-2396#respond Fri, 22 Nov 2019 12:12:59 +0000 https://www.gahanalive.com/?p=2396 The post लुक के मामले में अक्षय आउरी सल्लू के पीछे छोड़ले खेसू डार्लिंग appeared first on Gahana Live.

]]>

सलमान खान के शो ‘बिग बॉस 13’ में अरहान खान के बाहर होते अधिकतर नयका कंटेस्टेंट लुक बदल के नजर आ रहल बाड़े। भोजपुरी सिनेमा के सुपरस्टार खेसारी लाल यादव त अपना नया लुक में काफी हॉट दिखत बाड़े। घर के सदस्य भी मिलके खेसारी के मौज लेवे में कवनो कसर ना रहे देले। सब लड़की त इह कदर खेसारी लाल के पीछे पड़ली लोग की उनके बिहार में मौजूद अपना पत्नी के डर सतावे लागल आउर आखिरकार खेसारी घर के सब लड़की लोग के आपन बहिन कहे पर मजबूर हो गईले। दरअसल कलर्स टीवी ‘बिग बॉस 13’ से जुड़ल एगो प्रोमो जारी कईले बा। एह प्रोमो में खेसारी लाल आपन बाल छोट करवा लिहले बाड़े आउर दाढ़ी भी काफी स्टाइलिश कर लेले बाड़े। उनके ई लुक पर बिग बॉस के घर में मौजूद सब कंटेस्टेंट्स उनका से मजा लेवे लागत बा लोग। ईहा तक कि हिमांशी खुराना त उनके साथे फ्लर्ट करल शुरू कर दे रहल बाड़ी, जेकरा बाद खेसारी लाल घबराये लागत बाड़े। सभी कंटेस्टेंट्स उनके नाम खेसारी से बदलकर कैश कर देत बाड़े। प्रोमो में खेसारी लाल अपने मेकओवर पर बात करत कह रहल बाड़े कि इस लुक में हम चिरकुट के तरह दिख रहल बानी।

 

एकरा बाद हिमांशी खुराना आके उनसे फ्लर्ट करे लागत बाड़ी आउर उनके तारीफ करत बाड़ी। ऐतने में खेसारी लाल बोल देत बाड़े कि अगर हम शादीशुदा ना होईती, आप तब हमार तारीफ करतीं। हिमांशी के तारीफ पर खेसारी बोलत बाड़े की रउवा लोग के हमार मेहरारू (पत्नी) के बारे में नईखे  पता, उ बहुत टाइट दिमाग के हाई।

खेसारी लाल यादव
खेसारी लाल यादव

एके बाद सिद्धार्थ शुक्ला, हिंदुस्तानी भाऊ आउर हिमांशी शर्मा सहित कई कंटेस्टेंट्स खेसारी लाल यादव से मजा लेवे लागत बाड़े अउरी खेसारी कैमरे के सामने आपन पत्नी के सफाई देत दिख रहल बाड़े। गौरतलब बा कि ‘बिग बॉस 13’ के एह बार के वीकेंड के वॉर एपिसोड में अरहान खान घर से बेघर हो चुकल बाड़े। त उहे बीते कुछ दिन से देवोलीना आउर सिद्धार्थ एक दूसरे से  फ्लर्ट कर रहल रहले। कलर्स टीवी अपने इंस्टाग्राम पर प्रोमो वीडियो शेयर करले बा जेमें उ चोरी के टास्क दिहले बा।

The post लुक के मामले में अक्षय आउरी सल्लू के पीछे छोड़ले खेसू डार्लिंग appeared first on Gahana Live.

]]>
https://www.gahanalive.com/bhojpuri-cinema-and-tv-news/kesu-darling-left-behind-akshay-and-sallu-in-terms-of-look-gahana-live-2396/feed 0
खेसारी लाल के भोजपुरी फिल्म ‘संघर्ष’ के 3 दिन में मिलल 2 करोड़ व्यू https://www.gahanalive.com/bhojpuri-cinema-and-tv-news/2-crore-views-in-3-days-of-khesari-lals-bhojpuri-film-sangharsh-gahana-live-2223 https://www.gahanalive.com/bhojpuri-cinema-and-tv-news/2-crore-views-in-3-days-of-khesari-lals-bhojpuri-film-sangharsh-gahana-live-2223#respond Mon, 11 Nov 2019 05:02:55 +0000 https://www.gahanalive.com/?p=2223 The post खेसारी लाल के भोजपुरी फिल्म ‘संघर्ष’ के 3 दिन में मिलल 2 करोड़ व्यू appeared first on Gahana Live.

]]>
संघर्ष फिल्म के पोस्टर
संघर्ष फिल्म के पोस्टर

भोजपुरी फिल्म ‘संघर्ष’ वर्ल्डवाइड चैनल आउर जितेन्द्र गुलाटी द्वारा प्रस्तुत कईल गईल बा. यूट्यूब पर इह फिल्म के तीन दिन में 1.2 करोड़ से ज्यादा लोग देखले बा. वर्ल्डवाइड रिकार्ड्स लिमिटेड के इह फिल्म में मुख्य भूमिका के भोजपुरी फिल्म के सफल अभिनेता खेसारीलाल यादव आउर काजल राघवानी निभाईले बाड़ी. फिल्म के निर्माता रत्नाकर कुमार फिल्म के सफलता पर कहली कि भोजपुरी सिनेमा के इतिहास में पहली बार यूट्यूब पर कवनो फिल्म के इतना लोग देख रहल बा. भोजपुरी सिनेमा के खातिर ऐसे बड़का बात आउर का हो सकेला.

निर्माता रत्नाकर कुमार कहले कि फिल्म में खेसारी खेसारी लाल यादव आउर काजल राघवानी के किरदार जहां मन के भावुक कर देता त उहवे अवधेश मिश्रा के चरित्र समाज के सीख देता. अवधेश मिश्रा लीक से हटके किरदार निभईले बाड़े. उ कहले कि “फिल्म ‘संघर्ष’ पूरा परिवार संग देखे लायक एक सिनेमा का निर्माण किया गया है. एक्शन और फैमिली ड्रामा से भरपूर ई फिल्म बेटियों के महत्व के बारे में समाज के हर वर्ग के एगो अच्छा संदेश देवे के काम कर रहल बा.

बताते चली कि हाल ही में सबरंग भोजपुरी फिल्म अवार्ड में भी अलग-अलग कैटेगरी के एक दर्जन अवार्ड फिल्म ‘संघर्ष’ के नाम रही. ऐके अलावा विकास सिंह वीरप्पन द्वारा आयोजित भोजपुरी सिनेमा स्क्रीन एंड स्टेज अवार्ड्स 2019 में फिल्म ‘संघर्ष’ के सर्वश्रेष्ठ श्रेणी में बेस्ट फिल्म, बेस्ट एक्टर, क्रिटिक्स बेस्ट एक्ट्रेस, बेस्ट डायरेक्टर, बेस्ट स्टोरी एंड स्क्रीनप्ले राईटर इत्यादि कैटेगरी के बेस्ट अवॉर्ड देके सम्मानित कईल गईल बा.

The post खेसारी लाल के भोजपुरी फिल्म ‘संघर्ष’ के 3 दिन में मिलल 2 करोड़ व्यू appeared first on Gahana Live.

]]>
https://www.gahanalive.com/bhojpuri-cinema-and-tv-news/2-crore-views-in-3-days-of-khesari-lals-bhojpuri-film-sangharsh-gahana-live-2223/feed 0
‘भाग खेसारी भाग’ के पहिला पोस्टर भइल रिलीज https://www.gahanalive.com/bhojpuri-cinema-and-tv-news/first-poster-of-bhaag-khesari-bhaag-released-1796 https://www.gahanalive.com/bhojpuri-cinema-and-tv-news/first-poster-of-bhaag-khesari-bhaag-released-1796#respond Thu, 03 Oct 2019 07:39:22 +0000 https://www.gahanalive.com/?p=1796 The post ‘भाग खेसारी भाग’ के पहिला पोस्टर भइल रिलीज appeared first on Gahana Live.

]]>

फिल्म निर्देशक प्रेमांशु सिंह के निर्देशन में बनल भोजपुरी फिल्म के सुपरस्टार खेसारीलाल यादव आउर फिल्म निर्माता ’उमाशंकर प्रसाद’ के होम प्रोडक्शन ’जेपी स्टार पिक्चर्स’ के पहिला भोजपुरी फिल्म ’भाग खेसारी भाग’ के फर्स्ट लुक रिलीज कर दिहल गईल बा| फिल्म के फर्स्ट लुक काफी वायरल हो रहल बा| इ फिल्म के ऑडियो, वीडियो, सैटेलाइट्स राईट्स एंटर10 म्यूजिक कंपनी ले लेले बा| भोजपुरी सिनेमा में यूनिक कहानी पर बनल इ फिल्म प्रदर्शन खातिर तैयार बा| भव्य पैमाना पर निर्मित कइल इ फिल्म के नया विषय दर्शक के खूब मनोरंजन करे वाला बा| फिल्म के पोस्टर खेसारीलाल यादव के चेहरा नहीं देखावल गइल बा, बल्कि उ भागत दिखाई देत बाड़न|

khesariउमाशंकर के पहिला भोजपुरी फिल्म

कहल जाला कि बदलाव कोई नया आदमी ही करेला त ओइसेही ही भोजपुरी में पहिला फिल्म बनवले बाड़न फिल्म निर्माता उमाशंकर प्रसाद| जेपी स्टार पिक्चर के बैनर में बनल उ फिल्म ‘भाग खेसारी भाग’ के निर्माण करेके एगो कोशिश कइले बाड़न, जे कि साफतौर पर फिल्म के पहिला पोस्टर से पता चल रहल बा|इ फिल्म कुछ न कुछ जरूर नया कॉन्सेप्ट आउर नया प्रयोग के साथ बनावल गईल बा| इ फिल्म में एक साथ खेसारी लाल यादव, स्मृति सिन्हा आउर निर्देशक प्रेमांशु सिंह के सुपरहिट रहल तिकड़ी एक बार फेर इतिहास रचे वाला बा| इ फिल्म से निर्माता उमाशंकर प्रसाद, निर्देशक, नायक, नायिका सहित पूरा टीम के नया इतिहास रचे के काफी उम्मीद बा| खेसारीलाल आउर स्मृति के सुपर हिट जोड़ी फेर से बहुत दिन के बाद इ फिल्म से रिपीट हो रहल बा|

khesari-smritiबता दिहीं कि फिल्म ‘भाग खेसारी भाग’ के निर्माता उमाशंकर प्रसाद बाड़न, उनकर इ पहिला भोजपुरी फिल्म बा|उ  आपन प्रोडक्शन हाउस जे पी स्टार पिक्चर के बैनर से आगे भी कई बेहतरीन फिल्म के निर्माण करत रहिहें| फिल्म के निर्देशक प्रेमांशु सिंह बाड़न| एसोसिएट प्रोड्यूसर आयुष राज गुप्ता बाड़न| फिल्म के लेखक मनोज कुशवाहा बाड़न आउर संगीतकार ओम झा बाड़न| फिल्म के छायांकन सरफराज खान, नृत्य राम देवन, रिक्की गुप्ता, मारधाड़ हीरालाल यादव, कला शेरा के बा| प्रोडक्शन कंट्रोलर मोतीराम व प्रोडक्शन मैनेजर राजन पांडेय बाड़न आउर फिल्म प्रचारक रंजन सिन्हा व रामचन्द्र यादव बाड़न| मुख्य भूमिका में खेसारीलाल यादव, स्मृति सिन्हा, अमित शुक्ला, अयाज खान, संजय वर्मा, अर्जुन यादव, राहुल शाहू, प्रीतम कुमार, अविनाश मधुकर, अमित सिंह, सत्य प्रकाश सिंह आदि बाड़न|

The post ‘भाग खेसारी भाग’ के पहिला पोस्टर भइल रिलीज appeared first on Gahana Live.

]]>
https://www.gahanalive.com/bhojpuri-cinema-and-tv-news/first-poster-of-bhaag-khesari-bhaag-released-1796/feed 0
खेसारी आउर काजल के बेडरूम रोमांस मचवलस धूम https://www.gahanalive.com/bhojpuri-cinema-and-tv-news/new-song-of-khesari-from-baghi-hits-1494 https://www.gahanalive.com/bhojpuri-cinema-and-tv-news/new-song-of-khesari-from-baghi-hits-1494#respond Sun, 22 Sep 2019 15:18:47 +0000 https://www.gahanalive.com/?p=1494 The post खेसारी आउर काजल के बेडरूम रोमांस मचवलस धूम appeared first on Gahana Live.

]]>

भोजपुरी गायक आउर सुपरस्टार खेसारीलाल यादव के साथ एक्ट्रेस काजल राघवानी के फिल्मी ‘बागी’ के गाना ‘व्हाट्स ऐप के मैसेज बनके धनिया’ रिलीज हो गईल बा। रिलीज होते ही इ गाना यूट्यूब पर वायरल भी हो गईल बा। इ गान के यूट्यूब पर अब तक 26 लाख से ज्यादा बार देखल जा चुकल बा। एह गाना में खेसारीलाल आउर काजल के केमिस्ट्री लोग बहुते पसंद कइले बा। गाना में दुनु बेडरूम में रोमांस करत नजर आ रहल बाड़े।

फिल्म के निर्देशक शेखर शर्म बतईले कि फिल्मद ‘बागी’ खेसारीलाल यादव के अब तक के सारा फिल्मआ से काफी अलग बा। हमनी कहानी के प्रजेंटेशन भी बेहतर आ स्मूथ करे के कोशिश कइले बानी। फिल्म  में गाना भी काफी अच्छे बा, जे दर्शक लोग के काफी पसंद आ रहल बा। फिल्म पूरा तरह से कमर्शियल बा। साथ ही उ इहो बोलले कि फिल्म में खेसारीलाल यादव आउर काजल राघवानी के साथ ऋतु सिंह भी बाड़ी आ  साल 2017 के बाद इनके तिकड़ी एक बार फेर से फिल्म ‘बागी’ में दर्शक के सामने होई।

फिल्म के लेके ऋतु सिंह इहो कहली कि फिल्मं ‘बागी’ के शूटिंग में बहुते मजा आईल रहे। जेआर प्रोडक्श हाउस द्वारा निर्मित फिल्म ‘बागी’ के शूटिंग लखनऊ में भईल बा। जबकि एकर क्लाब इ मेक्सो मुंबई फिल्म् सिटी में शूट कईल बा।

इ फिल्म रोमांटिक आउर पारिवारिक कहानी पर आधारित बा। फिल्म में खेसारीलाल यादव, काजल राघवानी आउरी ऋतु सिंह के अलावा माया यादव, विनोद मिश्रा, प्रकाश जैश, नागेश मिश्रा और अयाज खान भी अहम भूमिका में बाड़न। म्यूजिक मधुकर आनंद, लिरिक्सा कवि प्यारे लाल, आजाद सिंह आउरी श्याम देहाती के बा।

The post खेसारी आउर काजल के बेडरूम रोमांस मचवलस धूम appeared first on Gahana Live.

]]>
https://www.gahanalive.com/bhojpuri-cinema-and-tv-news/new-song-of-khesari-from-baghi-hits-1494/feed 0
भोजपुरी गीत गवनई खाती बहुत चिंता के बात बा https://www.gahanalive.com/bhojpuri-cinema-and-tv-news/worried-condition-for-the-bhojpuri-music-song-812 https://www.gahanalive.com/bhojpuri-cinema-and-tv-news/worried-condition-for-the-bhojpuri-music-song-812#respond Mon, 08 Jan 2018 12:07:34 +0000 https://www.gahanalive.com/?p=812 The post भोजपुरी गीत गवनई खाती बहुत चिंता के बात बा appeared first on Gahana Live.

]]>

worried condition for the bhojpuri music, songखाके मुर्गा पीके बियर बोलअ हैप्पी न्यू ईयर … सिक्स पैक ऐब्स अउर गला में ढ़ेरों सोना के साथ भोजपुरिया सुपर स्टार खेसारीलाल यादव के नया साल प इ गाना रिलीज भईल

इ गाना के बोल सुनी…इ गाना 30 दिसंबर के यू-ट्यूब पर आइल रहे। कुछे दिन में इ गाना के 22 लाख से उपर लाइक मिल चुकल बा।

worried condition for the bhojpuri music, songहैरान करे वाला बात त इ बा कि भोजपुरी सिनेमा त दिन-प्रतिदिन आपन संस्कृति अउर संस्कार भुला के अश्लीलता परोसते बा ,बाकी यू-ट्यूब के इ लाइक देखके लागता की भोजपुरी संस्कृति के हत्यारा अश्लीलता परोसे वाला ना बल्की एकरा बढ़ावा देवे वाला लोग बाड़न….

जहवां दिन के शुरुआत बड़-बुजुर्ग के पांव छुके होखेला, तहवां साल के पहिला दिन मुर्गा खाके बीयर पीके… संदेश दिहल जा रहल बा। इ गाना के बोल में पुर्वाचल के सादगी अउर मिठास के कवनों मेल नईखे। आज के चकाचौंध भरल दुनिया में,  हमनी के इ बात भूल चुकल बानी जा की अइसन संदेश के समाज प का असर पड़ी।

The post भोजपुरी गीत गवनई खाती बहुत चिंता के बात बा appeared first on Gahana Live.

]]>
https://www.gahanalive.com/bhojpuri-cinema-and-tv-news/worried-condition-for-the-bhojpuri-music-song-812/feed 0
गाना… जेकरा से खेसारी लाल रातो रात सुपरस्टार बन गइलें https://www.gahanalive.com/bhojpuri-personalities/bhospuri-superstar-khesari-lal-from-jekra-489 https://www.gahanalive.com/bhojpuri-personalities/bhospuri-superstar-khesari-lal-from-jekra-489#respond Sat, 02 Dec 2017 10:04:48 +0000 https://www.gahanalive.com/?p=489 The post गाना… जेकरा से खेसारी लाल रातो रात सुपरस्टार बन गइलें appeared first on Gahana Live.

]]>

भगवान सिर्फ उही  के  मदद करेलन जे आपन मदद खुदे करेला . इस कहावत के अगर भोजपुरी फिल्म जगत के आसमां पे जगमगात सितारा खेसारी लाल यादव के साथे जोड़ के देखल जाव त इ कुछ गलत नइखे ।

खेसारी लाल आपन  लक्ष्य के  पावे  खातीर  पूरा  क्षमता अउर  ईमानदारी के साथे मेहनत करेलन. दरअसल खेसारी के जन्म बहुत  ही साधारण परिवार में भइल रहे अउर  आज खेसारी के कामयाबी के चलते उ आपन मां-बाप के साथे साथे गांव अउर  जिला के नाम भी रौशन कर दिहले बाडन।

भोजपुरी जगत में आपन गीत के जरिये शुरूआत करे वाला खेसारी साल 2010 में,  सईयां अरब गइला से खासा सुर्खियों में आइल रहन। उकरा बाद से उ कभी पीछे मुड़ के ना देखलन , अउर आजों  आपन गायिकी के लेके भी हमेशा सुर्खियों में रहेलन ।

गायन में मग़न रहे वाला खेसारी के मन में  एक अउर  सपना पनपत रहे उ ह हीरो बने के भोजपुरी जगत में हीरो बने के इच्छा रखे वाल खेसारी लाल ,साल 2011 में निर्माता आलोक कुमार अवुरी के फिल्म साजन चले ससुराल से शुरु आत कइलन ,  एह फिल्म से खेसारी के करियर में एक नया आयाम मिलल। इ फिल्म रिलीज़ होखते ही एक नया रिकॉर्ड कायम कर दीहल,

एकरा बाद त मान की  खेसारी खातीर एक के बाद एक फिल्म के लाईन लागत चल गइल अउर एकरा साथ ही उ पूरा कइलन एक स्टार से सुपरस्टार बने के सफर।

खैर हम त इहे उम्मीद करब  कि हर दिन के साथे ही  खेसारी के सफलता यूं ही बढ़त रहे  अउर फिर उ  भोजपुरी सिनेमा जगत के एक नया मुकाम तक ले जास.

The post गाना… जेकरा से खेसारी लाल रातो रात सुपरस्टार बन गइलें appeared first on Gahana Live.

]]>
https://www.gahanalive.com/bhojpuri-personalities/bhospuri-superstar-khesari-lal-from-jekra-489/feed 0